रविवार, 14 दिसंबर 2025

बिकेला न्याय


"_बिकेला न्याय_"
हा बिकेला न्याय
पइसा के सामने
ना टिके ला न्याय
पइसा के सामने
आजो ओकरा पे
बड़कवन के अधिकार बा
केस करेवाला हि
जायदा परेशान बा
हाजरी पे हाजरी
अउर  नियम विकलांग बा
का करब भैया ?
पैसा बलवान बा
बिना गलती के
सूचक पिटाला
एफ आई आर लिखवाके
न्याय मे दराला
कबो एफ आई आर कमजोर
तऽ कबो डायरी मे घोटाला
पइसा देले पे नाम हट जाला
छान बिन मे यदि गवाह लिखाई
अपराधी के  गवाह धराई
का करी सूचक
नाहि कवनो दवाई
हक ला लड़ी तऽ
फिरू थुराई
अपराधी  बाऽर सन
एही से ढिठाईल
जानऽ तारऽ सन
न्याय भइल बा मिठाई
मार करऽ
अउर लड़ऽ लड़ाई
फेकऽ पैसा तऽ
न्याय खरीदाई
पहिला बार
जे होइ सजाये
न्याय कहेला
छोड़ देवल जाएम
दूसर बार
फिरू देखल जाई
होइ मुक़दमा तऽ
होइ लड़ाई
दु चार नाही
पचीस बरस घिचाई
के जीई आ के मर जाई ?
एके नाही केहू बताई ?
तिन साल से निचे
जे होई सजाये
छोटका से बडका
अउर बडका ले जाई
फिरू जे होई
देखल जाई
ई सब जान
बदमशवा ढिठाइल
विकेला  न्याये 
अउर आगे बिकाई 
सूचक ला ना 
कवानो दवाई 
लडत लडत चप्पल घिसाई

          उदय शंकर "प्रसाद"








कोई टिप्पणी नहीं: