रविवार, 22 जून 2025

रोपया

 

     

       "रोपया"

रोपया के ना कवनो जात
जे के ज्यादा उहे बाप
उहे दादा उहे भाई
चाहे हो कइसनो कमाई


रोपया से समान मिलेला
जीत धरम अउर शान मिलेला
रोपया से सब कुछ खरीदाला
कोट कचहरी अउर न्याय बबकाला
रोपया में बा अ्इसन बात
रोपया के ना कवनो जात


रोपया से ही राज भइल बा
रोपया से ही काज भइल बा
रोपया पे ही टिकल बा सांस
रोपया नाही त छुटे साथ
रोपया हटे सबके नाथ
रोपया के ना कवनो जात


रोपया से जिंदगी रोपाला
कुर्सी,सता अउर साज भेटाला
रोपया से बा सुख,चैन,आराम
आदमी नाही रोपया के होला नाम ।

कोई टिप्पणी नहीं: