रविवार, 1 जून 2025

ना केहू से बैरी ,ना केहू से इयारी

 ना केहू से बैरी ,ना केहू से इयारी 


मर गईले पे केहू देवे लकड़ी केहू देवे आटा

जियते मे केहू ना पूछलक ना लइका ना चाचा

बिना दवाई खासत रहे सारा जीवन कमा के

मर गईले पे सब कुछ होला छूटहा हाथ बटा के


कर्न विर के लइका समझे पुड़ी सब्जी चलाके

भीतरे भीतरे खुश बाटे सारा धन दबाके

गाव मुहल्ला सब आईल बा आज हांथ बटावे

जियते  मे लकड़ी करे सारा दाव लगा के 


केहू बोले कुत्ता निहर, केहू झार लगावे

काम रहे तऽ मीठ बतिया के सभे आपन काम चलावे

सीधा भईले के फायदा सभे खईचा भर उठईलक

आपन फायदा देख के लोग ओकरा से बतियइलख


जानत रहे सब कुछ लेकिन केहू के कुछ ना टरकइलक

रहे ज्ञानी बहुते लेकिन सबसे बुरबक बन बतीययिलक

धर्म अधर्म पे अउर सही गलत पे कईले रहे पलरा भारी

ना केहू से बैरी कईलक ना केहू से इयारी ।

                        उदय शंकर "प्रसाद"

1 टिप्पणी:

Rangbhoomi ने कहा…

बहुत सुन्दर