बनारस
मट्ठा दही के बात गजब बा
चिड़ियन के आवाज गजब बा
कहल जाला बडका शहर हऽ
मगर बोली मे मिठास गजब बा
गंगा के स्नान गजब बा
विश्वनाथ के धाम गजब बा
कहल जाला ठगन के नगरी
बनारस पे ई अभिशाप गजब बा
हनुमान गढ़ी के बात गजब बा
महाकारणिका घाट गजब बा
भुत प्रेत के जहवा मोक्क्ष मिलेला
उ बनारस के हि जजबात गजब बा
बी एच यु के संस्कार गजब बा
ज्ञान अउर सम्मान गजब बा
कहल जाला गलियन के नगरी
तबला अउर ढोलक के आवाज़ गजब बा
हरिश्चंद्र के राज गजब बा
लइका बिकाइल बात अजब बा
छीन गईल जेके सबकुछ
ओके इहवा मिलाल आशीर्वाद गजब बा
सारनाथ के इतिहास गजब बा
महाकाल के भओकाल गजब बा
त्रिसुल पर बसल ई नगरी
विश्व पटल पे एके इतिहास गजब बा
उदय शंकर प्रसाद

6 टिप्पणियां:
गजब
लिखे के राउर अंदाज गजब बा
धन्यवाद
शुक्रिया
Bahut badhiya mama ji
Bahut badhiya mama ji
एक टिप्पणी भेजें